शुक्रवार, 25 जनवरी 2008

ए हमार छब्बीस जनवरी

आइ गइलू न, फिर अटकत-मटकत...

ए हमार छब्बीस जनवरी
अबहिन बाकी बा कुछ अउरी?

त आवा तनी गोरख बाबू के सुर में इहो कुल सुनले जा कि तोहके चूमे-चाटे वाले, सलूट मारै वाले का-का करत हउवैं....

रउरा सासना के बाटे ना जवाब भाई जी
रउरा कुरसी से झरेला गुलाब भाई जी

रउरा भोंभा लेके सगरो आवाज करीला
हमरा मुंहवा में लागल बाटे जाब भाई जी

रउरे बुढिया के गलवा में क्रीम लागेला
हमरी नइकी के जरि गइलें भाग भाई जी

रउरे लरिका त पढ़ेला बिलाइत जाइ के
हमरे लरिका के जुरे ना किताब भाई जी

हमरे लरिका के रोटिया पर नून नइखें
रउरा चापीं रोज मुरगा-कबाब भाई जी

रउरे अंगुरी पर पुलिस आउर थाना नाचे ला
हमरे मुअले के होखे न हिसाब भाई जी।

1 टिप्पणी:

Prabhakar Pandey ने कहा…

एकदम झकास बा। गजब के चीज ले आइल बानीं।